गणतंत्र

लोकतंत्र क् नारा बा
ईहे एक सहारा बा
बाकी देस क् कोना कोना
अटल पटल अनिहारा बा
लोकतंत्र क् नारा बा....

मड़ई-लुग्गा-रासन गुल
नेता जी क् भाषन फुल
मजदूरी कउड़ी-कउड़ी
निर्धन के लतियावें कुल
एकरे बदे लड़ल भारत
इहे नवा-भिनसारा बा
लोकतंत्र क् नारा बा
ईहे एक सहारा बा....

नोचा और कचोटा बाबू
ले के थरिया-लोटा बाबू
भांग-धतूरा घोटा बाबू
वरना पड़िये सोटा बाबू
आन्हर भइल जमाना
आधी-रात कहा उजियारा बा
लोकतंत्र क् नारा बा
ईहे एक सहारा बा...

सुना रेडियो टीवी मा
देस बढ़त बा तेजी मा
देस का बोली सत्तर ठो
देस पढ़त अंग्रेजी मा
खेत-किसान बुड़ें-मर जावें
सूट-बूट चटकारा बा
लोकतंत्र क् नारा बा
ईहे एक सहारा बा....

मुठ्ठी में दुनिया क सपना
भट्टी में घर के सच्चाई
ऐसे कइसे देस चल सकी
अइसे राज-काज लूट जाई
उठा बांध के मुठ्ठी रजऊ
कहे तिरंगा-प्यारा बा
लोकतंत्र क् नारा बा
ईहे एक सहारा बा....!!

26 जनवरी 2022
ओमा The अक्©

Popular posts from this blog

बुद्ध वेदान्त से अलग नहीं- स्वामी ओमा द अक्

एकला चलो रे... (बुद्ध और सिकंदर) - ओमा द अक्

"Womanhood turned hex for Marilyn Monroe in consumerist era – Swami OMA The AKK"